Showing posts with label Bhojpuri Kavi Sammelan 2015 at MGI. Show all posts
Showing posts with label Bhojpuri Kavi Sammelan 2015 at MGI. Show all posts

Wednesday, December 30, 2015

Bhojpuri Kavi Sammelan 2015 at MGI

Scroll on the list below to hear the poems.
 

Saturday, December 12, 2015

तऽ ICT चलल भोजपुरी के संग - बिन्दा विवेक




 तऽ ICT चलल भोजपुरी के संग...
बिन्दा विवेक 

आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग...
हम हँय एगो नवजवान,
भोजपुरी हमर जबान
जहाँ नवजवान भोजपुरी बोले से हिचकिचाय,
हुवाँ हम अपन भोजपुरी के ICT से देवीला पूरा न्याय
इही भाषा के जरिए हम मान-सम्मान कमयली ।  
तऽ आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग...।

इ सफ़र के शुरुवात महात्मा गांधी संस्थान से होइल,
जहाँ भोजपुरी के मिलल प्राथमिक कक्षा में ऐतिहासिक स्थान
भोजपुरी भाषा के ICT बनइल जान,
जिनकर खबर पड़ल कानों-कान
के सोचले रहल कि भोजपुरी भाषा ICT द्वारा छोटा बच्चा भी गुनगुनाय,
जोन हमनी के पूर्वज़ के सपना-वन के करलक साकार ।
तऽ आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग...।

टंकन सिखली भोजपुरी में,
जोन हिंदी और ICT के भी कामें आइल
आज हम भोजपुरी में भेजीला SMS
तऽ उधर फेसबुक पर छापिला Posts
इधर भेजिला मेल
तऽ उधर बनेला हमर काम सफल ।
तऽ आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग...।
बाकि नवजवान के हमर इही खास संदेस,
हमनी के पूर्वज़ के भाषा के लाज बचावऽ
एकरा लुप्त नँय होवे दऽ
भोजपुरी और ICT में बा ज़बरदस्त मेल
इही ICT इ भाषा के अपन गोदी में बैठयले बा
और आज इ तोहर जिम्मा में बा,
एकर अच्छा प्रयोग भोजपुरी के साथ करऽ !
तऽ आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग...।

भोजपुरी भाषा आज पुकारऽता हम नवजवान लोगन के, सुनऽ ! सुनऽ !
पाँच-दस साल बाद अगर भोजपुरी और ICT के बहाव रुक जाय
तऽ हम सब लोगन के खून के आँसू रोय के पड़ी,
काहे कि बोलिलऽजा न,
भाषा गइल तऽ संस्कृति गइल !!
तऽ आवऽ सुनावब हम तोह्लोके कैसे ICT चलल भोजपुरी के संग... ।


*******************